sarkaar bani maai ke-सरकार बनी माई के-Khesari Lal Yadav

sarkaar bani maai ke-सरकार बनी माई केभजन को Khesari Lal Yadav ने गाया है इस भजन मे Raushan Singh ने म्युजिक दिया है और Kundan Prit , Yadav Raj ने इसे लिखा है।

नमस्कार प्रणाम हम खेसारी लाल यादव रउवा सब के गोड़ छू के गोड़ लागतानी |
आपना देश में अजीब सिस्टम हो गईल बा आज के डेट में ||
चाहे ऊँ महाराष्ट्र होखे,बिहार होखे,यू पी होखे चाहे कोनो राज्य होखे |
मंदिर के गेट ना खुली लेकिन रैली टाइम से निकल जाता ||
बताई ब्यास लोग के प्रोग्राम के परमिशन नईखे |
लेकिन एह लोग के हउ का कहल जाला बाबू ??
नोमिनेशन ..!!!
हाँ नोमिनेशन टाइम से हो जाता ||
का सिस्टम आ गईल बा.. ?
बताई हमनी के माई के पूजा करे खातिर भी सरकार से परमीशन लेके पूजे के परी
अब बताई की खिसियाई की ना खिसियाई एखरी …!
ब्यास देवी गीत है …!
हा तो पंडाल नईखे स लागे देत तो खिसियाई ना ?


होईहे कंफ्यूज माई देखी के इन्द्रासन में
मोतिया बा मराईल जे बईठल प्रशासन में
देवी मईया जिंदाबाद !
जिंदाबाद ! जिंदाबाद !!
होईहे कंफ्यूज मई देखी के इन्द्रासन में
मतिया बा मराईल जे बेईठल प्रशासन में
जब नईखे परमिशन माई के आसन के
तो कईसे छूट मिलल बा नेता लोग के भाषण के
कईसे छूट मिलल बा नेता लोग के भाषण के

देवी मईया जिंदाबाद !
जिंदाबाद ! जिंदाबाद !!
भैंरव भईया जिंदाबाद !
जिंदाबाद ! जिंदाबाद !!
अड़हुल फूलवा कहाँ चढ़ेगा ?
थावे वाली के धाम में !!
लाल चुनरी कहाँ चढ़ेगा ?
मैहर वाली धाम में !!

[म्युजिक]

रैली में भारल लोगवा से कोना कोना
कोना ..
पूजा में जुटबो तो हो जाई कोरोना
रोना ..
भांग खाके कानून बनावा ता्रू लोग आई ..??
रैली में भारल लोगवा से कोना कोना
कोना …
पूजा में जे जुट्बो तो हो जाई कोरोना

परिभाषा हवे ईहे तो सुशासन के
तो कईसे छूट मिलल बा नेता लोग के भाषण के
कईसे छूट मिलल बा नेता लोग के भाषण के

ताजा नारियल कहाँ चढ़ेगा ..?
गजरप्पा दरबार में !!
धुप अगरबत्ती कहाँ जरेगा.. ?
बिंध्यावासनी धाम में !!

सोनू विका्स बा नाशे पा लोगवा लागल
लागल ..
यादव राज कुंदन सरकार भईल बा पागल
सरकार भईल बा पागल ..
पागल ..
सोनू विकास बा नाशे पा लोगवा लागल
यादव राज कुंदन सरकार भईल बा पागल
भईल दुनिया बा खेसारी अब पिचासन के
तो कैईसे छूट मिलल बा नेता लोग के भाषण के
कैईसे छूट मिलल बा नेता लोग के भाषण के
जले माई के मूर्ति ना रखाई तले भोट ना दियाई !!

Singer :- Khesari Lal Yadav

Lyrics :- Kundan Prit , Yadav Raj

Music :- Raushan Singh

More bhajans..

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *